Copyright free devotional song
प्रभु करिदे कृपा त आदमी महान हो जाला ।।
होखे घमंण त पल में खाक हो जाला ।।
करा जो भक्ति मन से ।।
धन दौलत सब सुख पा जाला ।।
- आईल बानी दुआरे सब हमनी के ।।
कर कृपा अपार हम सबही पे ।।
लगल बा आश ,जगल बा प्यास हम सबही के ।।
।। 2 ।। बार
तोहरे कहला से होला सुबह ।
तोहरा कहला से होला शाम ।
गाड़ी सबही के तोहसे चले ।
तूही बसेला चारो धाम ।।
लगल बा आश ,जगल बा प्यास हम सबही के ।।।।
आईल बानी दुआरे ..................
जलाके ज्योती हम ,पूजा करीं ।
आईल बानी दुआरे ,सबके कष्ट हरीं ।
तोहसे बडा़ ना दानी केहू ।
कृपा सबपे बनवले रहीं ।
दर्शन के आश ,जगल बा प्यास हम सबही के।।
आईल बानी दुआरे .........................
तुहीं माता हो तूहीं पिता ।
तुहीं बाडा हो चारो धाम ।
जनक तूहीं हवा श्रृष्टि के ।
तोहे पूजेला सारा जहाँन ।
अँखियन के ज्योत ,तूही से होत, हम सबही के ।
आईल बानी दुआरे ................
Writer -- VINAY SHRIVASTAV

टिप्पणियाँ